Your Cart

Your cart is empty.
  1. Home
  2. > Bhajan
छठ पूजा: आदितमल के पक्की रे सड़कीया - छठ गीत (Aaditamal Ke Pakki Re Sadkiya)

आदितमल के पक्की रे सड़कीया,
कुजडा छानेला दोकान,
कुजडा छानेला दोकान ।
आदितमल के पक्की रे सड़कीया,
कुजडा छानेला दोकान,
कुजडा छानेला दोकान ।

घोडवा चढल अईले कवन देव,
करे लगले नरियर के मोल,
करे लगले फलवा के मोल ।

हाली हाली कर भैया मोलवा
भईले अरघीया के जून,
भईले अरघीया के जून ।

उगी ना आदितमल चमक से,
अरघ लिहीना मन से,
अरघ लिहीना मन से।

मनसा दिहीना पूराए,
मनसा दिहीना पूराए।